NaukariChakri.com

बीस मार्च से यूपी में सेना के भर्ती रैली
एह बीस मार्च से लखनऊ छावनी के 11वीं गोरखा राइफल्स रेजीमेंटल सेंटर मैदान में सेना के भरती रैली शुरू होखे वाला बा. दौड़ में शामिल होखे खातिर मिले वाला टोकन भरती स्थल से अलगा जगहा दिहल जाई.

मध्य कमान के प्रवक्ता बतवले बाड़न कि सबेरे पांच बजे से दस बजे ले दौड़ में शामिल होखे वाला टोकन रेसकोर्स मैदान में दिहल जाई. ओहिजा से टोकन ले के उम्मीदवार  रेसकोर्स के किनार धइले 11वीं गोरखा राइफल्स रेजीमेंटल सेंटर मैदान चहुँपीहें. रेसकोर्स जाये खातिर   सुल्तानपुर का ओर जाये वाली बस से दिलकुशा चौराहा पर उतरीहें आ ओहिजा से  बहादुर शाह मार्ग होखत रेसकोर्स मैदान चहुँपीहें. परिवहन निगम चारबाग आ आलमबाग ले आवे वाली रूट नंबर 66 आ 68 के  बस छावनी ले चलाई.

सेना के अधिकारी चेतवले बाड़न कि केहू के कवनो हाल में आपन मूल दस्तावेज मत देसु. अगर कवनो सेना के जवान वर्दी में दस्तावेज जमा करावत होखे त ओकरा से पावती रसीद जरूर ले लेसु.

20 मार्च के होखे वाला सैनिक नर्सिग सहायक भरती खातिर खाली लखनऊ, अमेठी आ वाराणसी कार्यालय के अंतर्गत आवे वाला अभ्यर्थी शामिल होखीहें.

21 मार्च का दिने फतेहपुर आ महोबा जिलन के उम्मीदवार सैनिक जीडी, टेक्नीकल, लिपिक, स्टोरकीपर तकनीकी, ट्रेड्समैन खातिर दौड़ में शामिल होखीहें.  कानपुर देहात (रमा बाई नगर)के अभ्यर्थी सैनिक ट्रेड्समैन खातिर दउड़ीहें.

22 मार्च के बांदा, उन्नाव आ चित्रकूट के अभ्यर्थी सैनिक जीडी, टेक्नीकल, लिपिक, स्टोरकीपर तकनीकी आ ट्रेड्समैन बहाली रैली में दउड़ीहें.

23 मार्च के लखनऊ जिला के उम्मीदवार  सैनिक जीडी, टेक्नीकल, लिपिक, स्टोरकीपर तकनीकी, ट्रेड्समैन बहाली खातिर रैली में शामिल होखीहें.

24 मार्च के कानपुर देहात (रमाबाई नगर) जिला  के उम्मीदवारन खातिर सैनिक जीडी, तकनीकी, लिपिक आ स्टोरकीपर तकनीकी के बहाली भरती रैली होखी.  साथ ही लखनऊ भर्ती कार्यालय के अंतर्गत आवे वाला सगरी 13 जिला के  के सिख (मजहबी व रामदासिया) आ भारतीय मूल के गोरखा रैली में शामिल हो सकीहें.

इंजिनियरिंग प्रवेश परीक्षा प्रणाली में बदलाव साल २०१३ से
बरिसन से चलत आ रहल इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा प्रणाली में अगिला साल से बदलाव करे के फैसला केन्द्रीय मानव संसाधन मंत्रालय मंजूर कर लिहलसि. एह नया प्रणाली के लागू हो गइला का बाद अनेक तरह के प्रवेश परीक्षा ना होखी आ सगरी देश खातिर एकही प्रवेश परीक्षा करावल जाई. बतावल जात बा कि एहसे परीक्षार्थियन के सुविधा होखी आ उनुका एकही इम्तिहान देबे के पड़ी.

एह नया इम्तिहान के नामो बदल दिहल गइल बा. अब एकरा के आईसीट (Indian Science Engineering Eligibility Test, ISEET) कहल जाई. एकर परीक्षा दू खण्ड में लिहल जाई.  दुनु खण्ड तीन तीन घंटा के होखी आ एके दिन करा लिहल जाई. साल २०१३ के प्रवेश परीक्षा मार्च भा अप्रेल २०१३ में होखी.

एहमें पहिला खंड में वस्तुनिष्ठ सवाल पूछल जाई. मकसद रही परीक्षार्थियन के समुझे के, सोचे के आ तार्किक विश्लेषण करे के  क्षमता, कम्प्रिहेन्सन,  क्रिटिकल थिंकिंग, आ लॉजिकल रिजनिंग, के जानकारी लिहल.  अगिला खंड में परीक्षार्थियन के विज्ञान विषयन के जानकारी के जाँचल जाई. एह तरह से परीक्षार्थियन के सही आकलन हो पाई कि ऊ इंजिनियरिंग पढ़े लायक बाड़े कि ना.

हालांकि सगरी प्रक्रिया के सबले विवादास्पद बाति बा बारहवीं के बोर्ड परीक्षा में मिलल अंक के महत्व. कहल गइल बा कि बोर्ड में मिलल अंक के वेटेज चालीस फीसदी से कम ना होखी आ जरूरत पड़ले पर एकरा के सौ फीसदी तक कइल जा सकी. जबकि प्रवेश परीक्षा में मिलल अंक के वेटेज कवनो हालत में साठ फीसदी से अधिका ना होखी.

हर राज्य सरकार भा संस्थान एह बारे में आपन फैसला ले सकेला कि ऊ कवना अंके के कतना महत्व दी. मंत्रालय के कहना बा कि सांख्यिकी प्रक्रिया से देखल जा चुकल बा कि अलग अलग बोर्ड परीक्षा के अंक में कइसे संतुलन बनावल जा सकेला.

पहिले कहल गइल रहे कि कानपुर आईआईटी एह परीक्षा के संचालन करी बाकिर एकर संचाल सीबीएसई करी. हँ, कानपुर आईआईटी के शैक्षणिक समूह एह प्रणाली पर आगे के तौर तरीका जरूर तय करी. अंदाज लगावल जात बा कि पहिला साल के परीक्षा केन्द्र से अनुदानित संस्थाने खातिर होखी.

एह बदलाव का खिलाफ आवाज उठल शूरू हो गइल बा. कुछ लोग के कहना बा कि एह तरीका से प्रवेश मापदण्ड में एकरूपता ना आ पाई आ अलग अलग बोर्ड का चलते असंतुलन के हालात बन सकेला. कुछ खास बोर्ड से परीक्षा पास करे वालन के फायदा हो जाई त कुछ के नुकसान. एह तरीका से आईआईटी के विशिष्ट स्वरूप खतरा में पड़ जाई.

दोसरा तरफ कुछ लोग के कहना बा कि एहसे विद्यार्थी अपना बोर्डो परीक्षा पर पूरा ध्यान दीहें आ तोता रटन्त वाला प्रणाली आ कोचिंग के धंधा करे वालन के चंगुल से विद्यार्थी आजाद हो जइहे.

लोकसेवा आयोग २०१२ के सूचना जारी हो गइल
भारत के लोकसेवा आयोग के सालाना परीक्षा के घोषणा आयोग के वेबसाइट पर कर दिहल गइल बा.

सिविल सर्विसेज खातिर प्रारंभिक परीक्षा २० मई २०१२ के करावल जाई. परिक्षार्थियन के चाहीं कि फार्म भरे से पहिले तय कर लें कि उनुका लगे जरूरी अर्हता बा कि ना. परीक्षा में शामिल हो गइला के मतलब ई ना होखी कि उनुका के योग्य मान लिहल गइल बा.

जे लोग एह खातिर आवेदन दिहल चाहत बा से निर्धारित वेबसाइट पर जा के आनलाइन आवेदन कर देव. ओहिजा एह बारे में सगरी जानकारियो दिहल गइल बा.

आवेदन करे के आखिरी तारीख ५ मार्च २०१२ के अधरतिया ११ बज के ५९ मिनट ले रही. ओकरा बाद ई लिंक काम कइल बंद कर दी. जिन लोगन के आवेदन सही पावल जाई ओह लोग के ई एडमिशन सर्टिफिकेट   आयोग के वेबसाइट पर उपलब्ध करावल जाई जहाँ से ओकरा के डाउनलोड कइल जा सकी. डाक से कवनो एडमिट कार्ड ना भेजल जाई.

बतावल गइल बा कि प्रारंभिक परीक्षा, प्रीलिम, में निगेटिव मार्किंग के व्यवस्था लागू रही आ गलत जबाव देबे वाला के नंबर काट लिहल जाई.

परीक्षा भवन में कवनो तरह के संचार साधन ना ले जाये दिहल जाई.

प्रारंभिक परीक्षा पास करे वाला के फेर मुख्य परीक्षा आ साक्षात्कार के सामना करे के पड़ी.

अबहीं खाली प्रारंभिक परीक्षा खातिर आवेदन लिहल जाई. बाद में सक्षम लोग के फेर मुख्य परीक्षा खातिर आवेदन करे के पड़ी.

मुख्य परीक्षा अक्टूबर भा नवम्बर में करावे के संभावना बा.

अर्हता

राष्ट्रीयता  –  आई ए एस आ आई पी एस खातिर भारत के नागरिक होखल जरूरी बा. बाकी सेवा खातिर भारत भा नेपाल भा भूटान के नागरिकता भा ऊ तिब्बती लोग जे पहली जनवरी १९६२ से पहिले भारत आ गइल रहे, भा पाकिस्तान, बर्मा, श्रीलंका, केन्या, युगाण्डा, तांजानिया, जाम्बिया, मलावी, जैरे, इथियोपिया आ वियेतनाम से स्थायी रूप से भारत रहे आइल लोग. जे लोग भारत के नागरिक ना होई ओह लोग का लगे भारत सरकार के दिहल अर्हता प्रमाणपत्र होखल जरूरी रही.

उमिर – पहली अगस्त २०१२ का दिने कम से कम २१ साल के होखल जरूरी बा आ तीस साल से कम के उमिर होखे के चाहीं. कहे के मतलब कि २ अगस्त १९६२ का पहिले जनमल भा १ अगस्त १९९१ का बाद जनमल लोग एह खातिर योग्य ना रही. हँ, अनुसूचित जाति भा जनजाति खातिर पाँच साल आ अन्यपिछड़ा वर्ग खातिर अधिकतम उमिर में तीन साल के छूट दिहल जाई. कुछ अउरियो तरह के लोग खातिर उमिर सीमा में मिले वाला छूट के विवरण आयोग का साइट पर देखल जा सकेला.

परीक्षा केन्द्र –  प्रारंभिक परीक्षा अगरतला, अहमदाबाद, एजावल,अलीगढ़, इलाहाबाद, औरंगाबाद, बैंगलोर. बरेली, भोपाल, चंडीगध, चेन्नई, कटक, देहरादून, दिल्ली, धारवाड, दिसपुर, गंगटोक, हैदराबाद, इमंफाल, इटानगर, जयपुर, जम्मू, जोधपुर, जोरहाट, कोचि, कोहिमा, कोलकाता, लखनऊ, मदुराई, मुंबई, नागपुर, पणजी, पटना, पुड्डुचेरी, पोर्ट ब्लेयर, रायपुर, राँची, संबलपुर, शिलांग, शिमला, श्रीनगर, थिरुवनन्तपुरम, तिरुपति, उदयपुर, आ विशाखापत्तनम में करावल जाई.

भरसक परीक्षार्थी के ओकरा पसंद के केन्द्र दिहल जाई बाकिर आयोग चाहे त फेर बदल कर सकेला. हँ दृष्टिहीन परीक्षार्थीयन के परीक्षा चेन्नई, दिल्ली, हैदराबाद, कोलकाता, लखन, दिसपुर, आ मुंबई एही आठ जगहा करावल जाई.

परीक्षा केन्द्र बदले के निहोरा ना सुनल जाई.

अउरी जानकारी खातिर आयोग के वेबसाइट पर जाईं

कुल 6388 गो बहाली
यूनियन बैंक आफ इण्डिया में पीओ के बहाली

सरकारी बैंक यूनियन बैंक आफ इण्डिया में पीओ प्रोबेशनरी आफिसर के 2473 पद खातिर बहाली होखे वाला बा.

तनखाह 14500 – 25700

उमिर सीमा 21 – 30 साल का बीच

फीस सामन्य आ अन्य पिछड़ा वर्ग खातिर 300/- जबकि बाकी खातिर 50/- यूनियन बैंक के कवनो शाखा में अप्लिकेशन फीस चालान का साथे जमा करावे के पड़ी. ओकर रसीद अपना लगे सुरक्षित राख लीं.

आवेदन के आखिरी तारीख 14/01/2012 से पहिले

आवेदन करे खातिर यूनियन बैंक के वेबसाइट पर जाईं.

स्टेट बैंक आफ इण्डिया में क्लर्क के बहाली

ई बहाली खास करि के अनुसूचित जाति, जनजाति आ अन्य पिछड़ा वर्ग के खाली पड़ल जगहा भरे खातिर होखत बा. उत्तरपूर्वी राज्यन के जगहन पर सामान्यो वर्ग के उम्मीदवार आवेदन कर सकेले.

क्लरीकल कैडर में  2500 पद खातिर अनुसूचित जाति, जनजाति आ अन्य पिछड़ा वर्ग खातिर बहाली.

तनखाह 7200 – 19300

उमिर सीमा 18 – 28 साल का बीच

सामान्य वर्ग सहित सभका खातिर क्लरिकल कैडर में 600 पद पर बहाली उत्तर पूर्वी राज्यन में

तनखाह 7200 – 19300

उमिर सीमा 18 – 28 साल का बीच

फीस सामान्य वर्ग खातिर 350/- जबकि बाकी खातिर 50/- स्टेट बैंक के कवनो शाखा में निर्धारित चालान का साथे जमा कराईं आ  ओकर रसीद अपना लगे सुरक्षित राख लीं.

आवेदन के आखिरी तारीख 20/01/2012 से पहिले

आवेदन करे खातिर स्टेट बैंक के वेबसाइट पर जाईं.

दिल्ली मेट्रो में कई तरह का 815 पद पर बहाली

1. स्टेशन कंट्रोलर भा ट्रेन आपरेटर के 411 पद पर

तनखाह हर महीना 13500/- से 25520/-

2. ग्राहक संबंध सहायक के 189 पद पर

तनखाह हर महीना 10170/- से 18500/-

3. जूनियर इंजीनियर के 79 पद पर

तनखाह हर महीना 13500/- से 25520/-

4. मेंटेनर का 114 पद पर

तनखाह हर महीना 8000/- से 14140/-

5. फायर इंसपेक्टर के 2 गो  पद पर

तनखाह हर महीना 13500/- से 25520/-

6. कार्यालय सहायक के 7 गो पद पर

तनखाह हर महीना 10170/- से 18500/-

7. लेखा सहायक के 10 पद पर

तनखाह हर महीना 10170/- से 18500/-

8. भण्डार सहायक के 3 पद पर

तनखाह हर महीना 10170/- से 18500/-

राउर आनलाइन आवेदन 24/01/2012 से पहिले हो जाये के चाहीं आ ओकरा बाद मिलल रजिस्ट्रेशन स्लिप छाप के 31/01/2012 से पहिले भेज देबे के बा.

आवेदन करे खातिर दिल्ली मेट्रो के वेबसाइट  पर जाईं.

आकाशवाणी पटना में अंशकालीन संवाददाता के बहाली
आकाशवाणी पटना के समाचार विभाग में संविदा पर अंशकालीक संवाददाता के नियुक्ति छह गो जिला, कटिहार, सीतामढ़ी, भोजपुर, वैशाली, जहानाबाद आ अररिया, में होखे वाला बा. एकरा खातिर पत्रकारिता में डिग्री भा डिप्लोमा का साथे दू साल के पत्रकारिता के अनुभव चाहीं. उमिर चौबीस से पैंतालिस साल का भीतर होखे आ कैमरा आ कंप्यूटर चलावल आवत होखे के चाहीं. आवेदन पत्र के प्रारूप आकाशवाणी के वेबसाइट पर उपलब्ध बा. जे लोग पहिले निकलल रिक्ति खातिर आवेदन दे चुकल बा ओह लोग के दुबारा आवेदन करे के जरूरत नइखे. पूरा जानकारी एहिजा दिहल बा.

बिहार मुक्त विद्यालीय शिक्षण और परीक्षा बोर्ड
कवनो कारण से पढ़ाई ना कर सकल भा पूरा ना कर सकल लोग खातिर बिहार सरकार एगो नया बोर्ड बनवले बिया “बिहार मुक्त विद्यालीय शिक्षण और परीक्षा बोर्ड” जवना में मुक्त आ दुरस्थ प्रणाली से शिक्षण आ परीक्षा करावल जाई. एह बोर्ड में प्राथमिक शिक्षक प्रशिक्षण, माध्यमिक, उच्चतर माध्यमिक आ स्नातक डिग्री से पहिले तक के पढ़ाई पूरा करे के इन्तजाम रही. एह बोर्ड से मिलल प्रमाणपत्र बाकी स्कूल बोर्ड के बराबर मानल जाई. एह बोर्ड में प्रवेश लिहल शुरू कर दिहल गइल बा. एह बोर्ड से जुड़ल जानकारी ओकरा वेबसाइट  पर दिहल गइल बा.

सचिवालय सहायक आ टीईटी परीक्षा
सचिवालय सहायक समेत अनेक पद खातिर पीटी परीक्षा अठारह दिसम्बर के करावल जाई. एह खातिर राज्य भर में सात सौ तिरसठ गो केन्द्र बनावल गइल बा जहवाँ कुल तीन लाख छियासी हजार परीक्षार्थियन के इन्तिहान लिहल जाई.

बीस आ इकइस दिसम्बर के होखे वाला टीईटी परीक्षा खातिर हेल्पलाइन नम्बर जारी कइल गइल बा जहवाँ से प्रवेश पत्र से जुड़ल जानकारी लिहल जा सकेला. नम्बर हवे 0612-2220274. बतावल गइल बा कि सोलह दिसंबर ले सगरी प्रवेश पत्र जारी कर दिहल जाई.

अजगर करे ना चाकरी पंछी करे ना काम, दास मलूका कहि गये सबके दाता राम
बाकिर हमनी का ना त अजगर हईं सँ ना पंछी. हमनी के जिनिगी सफल बनावे खातिर जरुरी बा काम कइल आ रोजगार का चक्कर में दोसरा के चाकरी कइल. वइसे त नौकरी आ कैरियर के जानकारी देबे वाला साइटन के कमी नइखे बाकिर भोजपुरी में आजु का तारीख ले अइसन कवनो साइट नइखे जे रोजी रोजगार के जानकारी भोजपुरी में दे सके.

भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट होखे का नाते ई अँजोरिया के नैतिक जिम्मेदारी बनेला कि भोजपुरी मे अधिका से अधिका जानकारी दिहल जाव जेहसे कि नयकी पीढ़ी भोजपुरी से जुड़ाव महसूस कर सके.

आशा बा कि रउरा सभ का सक्रिय आ लगातार सहयोग से अँजोरिया एह दिसाईं सफल होई आ अधिका से अधिका भोजपुरिया नौजवानन के रोजीरोजगार से जोड़े में कामयाब होई.

एही आशा आ विश्वास का साथ,

राउर

प्रकाशक संपादक,

अँजोरिया वेबसाइट समूह